
时间:2026-07-17
在手机上保存,获得更好体验
अमवा मोंजर गइले महुआ कोचाई गइले,
रसवा से भरी गइले फूल डरिया,
एजी रसवा से भरी...
तनी ताक न बलमुआ हमार ओरिया...
महुआ बिनन हम गइले महुआ बगिया,
रहिया जे छेकले देवर पपिया...
कोयली की बोली सुनी मन बउराई गइले,
नाहीं अवले हमरो बलम रसिया...